2 November 2006, Thursday.

News about Bhojpuri

First Bhojpuri Magazine on the net.

Bhojpuri News Magazine on the net.

Bhojpuri Films Magazine on the net.



 

Parliament of Bhojpuria/Bhojpuriya/Bhojpuriha people.

This parliament is a truly democratic platform for Bhojpuria people, where anyone and everyone can voice her/his opinion without any restriction. If you have something to say about Bhojpuri.......

Just Say it !
Powered by groups.yahoo.com

Visit the Bhojpuri-Sansad Group if you have already joined it.

सात करोड़ से अधिक बोले वाला, पूरा संसार में फइलल भोजपुरी भाषा के सम्मान आ पहचान देवावे खातिर सब भोजपुरिहा भाई बहिन के आगे आवे के पड़ी.

करोड़ दू करोड़ बोले वालन के भाषा के सम्मान मिले एकरा में हमरा कवनो आपत्ति नइखे बाकिर, सात करोड़ भोजपुरिहन के भाषा उपेक्षित रहो ई हमरा बरदाश्त नइखे.

अपना भाषा, अपना संस्कृति खातिर जतना हो सकी ओतना हम करे के तैयार बानी. रउरा साथ चल सकीं भा हमार नेतृत्व कर सकीं दूनू हालत में हम राउर स्वागत करेम.

नेट पर भोजपुरी के चर्चा के शुरुआत करे खातिर मेकॉन, राँची में कार्यरत श्री बिनय पाण्डेय के शलाका पुरूष कहे में हम गौरवान्वित होखत बानी.

दूर देश में भोजपुरी के दिया जरवले राखे खातिर सिंगापुर के श्री शशिभूषण राय, अमेरिका में टेक्सास के श्री शैलेश मिश्रा, सिंगापुर के ही रामजनम मिश्रा, लन्दन में मैनेजरी करत भी भोजपुरी खातिर रात दिन काम करे वाला मनोज भावुक, जमशेदपुर के लौह नगरी में भोजपुरी के आग लहकवले रहे वाला सुधीर कुमार, मुम्बई से भोजपुरी के प्रचार प्रसार में लागल श्री शशि कुमार सिंह आ श्री सतीश यादव भी सम्मान के ओतने हकदार बाड़न.

भोजपुरी संसद अपना एह नायकन के अपना भवन में पाके हमेशा हर्षित होखी. एकरा अलावे भी जगह जगह भोजपुरी के दियरी से अँजोर फैलावे वाला अनाम गुमनाम भाई बहिन के भी हम दुनिया का सोझा ले आ सकीं तऽ ई हमार सौभाग्य होखी.

भोजपुरी संसद के शुरूआत करे के पीछे हमार इहे मंशा बा कि भोजपुरी के बारे में बोले बतियावे वाला लोग के अइसनका मंच दिहल जा सको जहाँ हर कोई बराबर मानल जाव. केहू के ई अधिकार ना रहो कि ऊ दोसरा के मुँह बन्द कर सको.

भोजपुरी संसद के शुरूआत में ही हम ई घोषणा करत बानी कि एह संसद में हर विचार के, हर पंथ के बराबर स्वागत बा. हँ अश्लील भाषा आ देशद्रोह के बातन के जगह कवनो संसद ना दे सको, हमहूँ ना दे पायेम. ई दू गो बात छोड़ के जेकरा जवन कहे के होखे कहो. दोसरा के मान मर्दन करे के भी अनुमति ना दियाई, हँ कवनो आरोप प्रत्यारोप के प्रतिबन्धित ना कइल जाई.

भोजपुरी संसद पर भोजपुरी से संबंधित हर ओह वेबसाईट के लिंक दिहल जाई जे भोजपुरी संसद के लिंक दीही.

तऽ चलीं शुरुआत कईल जाव भोजपुरी संसद के कार्रवाई के......